● आचार्य पं० पृथ्वीनाथ पाण्डेय
••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••••
छठि क नउवा लेते सुरूज माहाराज क चेहरवा अँखिया क समनवा घूमे लागे ला; काहेँसेकि सगरे बिहार आ उतरपरदेश मा बलिया, गोरखपुर, आजमगढ़, गाजीपुर, मऊ आ ओहनी क घेरा मा जेतना-जेतना जिला बाड़न स, ओह सब मा सुरूज माहाराज क पूजे-पाजे क बिधान बावे। आ रउवाँ सभे जान लीहीँ कि संसार मा इ पहिलका अइसन परब हवे, जौना मा सूरूज माहाराज क छठि-पूजा कातिक-महीना क छठवाँ दिन कइल जाला। छठि-पूजा क सूरज छठियो (सूर्यषष्ठी) कहल जाला।
उगत आ डूबत दूनो मा उनकर पूजा होखेला। छठि क परब मा नदी भा पोखरा क पानी मा नहावे क बिधान रह ला। ओकरा बाद चार दिन ले हर तरह से आपन देहि आ मन क सुद्ध बना क रहल जाला।
छठी मइया क पूजा हेही गीतिया गाइ के कइल जाला :–
“छठी मइया क ऊँची रे अररिया, ओह पर चढ़लो ना जाइ।
लिही न कवन देव कुदरिया, घटिया दिहि न बनाय।
पेहनी न कवन देव पियरिया,
चली अरघ दियाय।”
नदी भा पोखरा मा नहइला क बाद सुरूज माहाराज क अरघ देत समय गावल जाला :–
“केलवा क पात पर उगेलन लन सूरजमल झाँके ऊँके।”
ए तरी चार दिन लगातारे छठि-पूजा चलत रहे ला। एही स इ पूजा बाड़ा कड़ेर होखे ला। छठि क दोसरका दिनवा क ‘खरना’ कहल जाला। ओह दिनवा भगत-भगतिन लोगवा दिनभर बिना खइले-पियले रहेला। पहिले लोग धरती माई क पूजा करला औकरा बादे उपवास पूरा होखे ला। सुरूज माहाराज क खीर आ फल भोग लगावल जाला। ओकरा बादे परसादी क रूप मा परिवार क लोगवा क दीहल जाला। छठि क तिसरका दिन साँझि क अरघ देबे खातिर परसादी बनवावल जाला। सँझिया क बेरा मरद-मेहरारू, लइका-फइका आ लइकी-फइकी नदी भा पोखरा क आरी-आरी बटोराइ जाला आ जबे सुरूज माहाराज डूबे खातिर लउके लागे ले, सब केहू उनकरा क अरघ देबे सुरू क देला। ओही बेरा एगो लोकगीत गावल सुरू हो जाला :–
“उग हे सुरूज देव! भइल भिनुसरवा,
अरघ केरे बेरवा पूजन केरे बेरवा हो।
बड़की पुकारे देव दुनु कर जोरवा,
अरघ केरे बेरवा पूजन करे बेरवा।
बाझिन पुकारे देव दुनु कर जोरवा।
अन्हरा पुकारे देव दुनु कर जोरवा।”
छठि-पूजा क गीतवा भोजपुरी, मैथिली आ मगधी बोलियन मा गावल जाला।
तीसरका दिन रात मा ऊखि के डण्ठल से एगो मण्डप बनावल जाला आ ओकरा भीतरा माटी क एगो तेल भरल दीयरा राखि दिहल जाला आ ओकरे क जरा दिहल जाला। ओही मण्डपवा मा परसादी स भरल एगो टोकरी रखि दिहल जाला। छठि क चउथा आ आखिर दिन घरभरि क लोग सेकराहे-सेकराहे नदी भा पोखरा मा पहुँचि जाला आ सुरूज क निकलते बेरा अरघ दे देला। एतना सब कइला क बादे लोग-बाग आपन-आपन बरत तूरे लागेला और देयाद-देयादिन, पटीदार, हित-नाता क घरे लइका-लइकिन क भेजवा क परसादी बँटवा देला।
‘छठि’ क नउवा सुनि क आपन गाँव, घर, दुआरि आ, पीपर क फेड़वा, पोखरा आ दुका-दुका याद आवे लागल। मुँड़ी परि फल-फूल, सिँघाड़ा, ठेकुआ, पूआ-पूड़ी, सिँघाड़ा क हलुआ, फूलल चाना, उखि क गेँड़ा, गाटा, पटउरा, खुरमा, अच्छत, लचिदाना, चाउर, सेनूर, तिलवा-तिलौरी, बताशा, लचिदाना, से भरल सूप आ बड़की डलिया आ दउरिया रखल सब याद आवे लागल। ओही लगली मेहरारू लोगवा क नीमन-नीमन गीतिया अइसन लगे ला, जइसे अपना भरि देहिया सुनराई बटोरले एगो सुघर-साघर लइकी छम्-छम् करत आ आपन ओढ़निया क हउवा क झोँकवा क ओर कइले कटल चंगिया-लेखा अपना देहिया क उड़वले जा तीया।
लोर रुके क नाव नइखे लेत। गँउआ क आपन बचपन अँखिया मा जीये लागल। उहो एगो बेरा रहे। अब सभ हेनर-बेनर होई गईल।
ना अब गाँव बा, ना घर बा आ ना दुआरि रहल; ना डेरा बा, ना खेत बा, ना खरिहान बा, ना गाइ बा, ना बैल बा, आ नाहीँ बाग-बगइचा बा। सब उधियाइ-बिलाइ गइल। सब बेकति मरि गइल, हेराइ गइल, बिछुड़ि गइल। अब त केहू क खोजहूँ क मन ना करेला। जब दियानत मा कवनो खोटि आ जाला नू त मनवा सब केहू से फाटि जाला। ना उधो क लीहल आ ना माधो क दीहल। ना मूअला मा आ न जियला मा। एही से नू कहल जाला, एइजा सब केहू सवारथ क पुतला बा।
आ ईहो साँचि बा ओने क ओर से आपन जिनगी बैरंग चिट्ठी-पतर लेखा होई गइल बा।
इ त एगो हावा क झँकोर हवे आ भाव क हिलोर हवे। मनवा ना मानल ह त लिखि देहनी हाँ; बाकिर इहो बतिया सही बा कि इ पानी क बुदबुदवा हवे, जलदिये फूटि जाला। जइसे घउवा पाकि जाला नू, त फोड़ा बनि जाला; आ अचके मान फूटि जाला; ओही तरी, हमार छठि आ घरि-दुआर क मोह फूटि-फाटि क अकोरि होइ गइल बा।
एमे से कुछू बुझाइल आ भेँटाइल कि ना जी?
सम्पर्क-सूत्र :–
9919023870
